डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev) header
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev) profile picture

Asst. Prof @RLAC_DU | PhD (Mass Comm) | Columnist & Bhojpuri Advocate | ICSSR Fellow ’18-20 | Ex TSI, SunStar, IOP @Bhoj_Bhoomi | Member @aakharbhojpuri

New Delhi, India
Joined April 2014
Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)
इंडिगो के पटना फ़्लाइट के क्रू भोजपुरी में ब्रीफ़ करत बाड़ें ⁦@IndiGo6E⁩ के इ पहल सराहे योग बा. गोरखपुर, पटना, बनारस, कुशीनगर के यात्री लोग ख़ातिर भी भोजपुरी में ब्रिफिंग होई तो बड़ा निमन रही. निहोरा बा ⁦इंडिगो⁩ से कि ऊ एकरा ख़ातिर ठोस पहल करे. ⁦@aakharbhojpuri⁩
157
749
204
3,918
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
लोकपर्व छठ पूजा के चौथा दिन (भोर के अरघ) पहिला दिन नहाय खाय, दुसरा दिन खरना, तीसरा दिन यानि सांझि के अरघ, आ अब चौथा दिन, यानि कि भोर के अरघ। आज भोर के अरघ देला के बाद, खरना से शुरू 36 घंटा से उपर के निर्जला उपवास खतम होई। परबईतिन लोगन के आखर परिवार के ओर से सादर प्रणाम। छठ माई के किरपा आशिर्वाद सभका मिले ।
4
6
230
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठी माई होखी ना सहाय 🙏🙏 अदितमल होखी ना सहाय 🙏🙏 छठ व्रती लोगिन के आखर परिवार गोड़ लागत बा 🙏🙏
5
16
321
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
लोकपर्व छठ पूजा के तीसरा दिन (सांझि के अरघ) पहिला दिन नहाय खाय, दुसरा दिन खरना, आज तीसरा दिन यानि आज सांझि के अरघ। आज डूबत सुरुज ( अदितमल) के छठ व्रती लो अरघ दिही। पहिला दिने नहाय खाय, दुसरा दिने खरना के बाद आज सांझि खा के अरघ दिआई । परबईतिन लो के उपवास के दुसरा दिन ह । काल्ह बिहाने यानि कि सुरुज देव के उगे के बेर, लोकपर्व छठ-2026 के भोर के अरघ दिआई आ छठ पर्व सम्पन्न होई ।
4
11
293
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
सूरुज के दीया देखावे के लोकभाव - देवेंद्र एन तिवारी लोक के भाखा बड़ अजगुत होला। जिनगी के छोटहन-मोटहन अनुभव से ऊ अइसन कहाउत गढ़ लेले कि ओकरा में पूरा जीवन-दरसन समा जाला। ‘सूरुज के दीया देखावल’ भी अइसने एगो कहाउत ह। केहू के सोझा आपन विद्वता बघारल होखे, अपना औकात से बढ़ि के बात कहल होखे, भा अइसन काम में आपन जांगर झोंकल, जेकर कवनो जरूरत ना होखे, त लोक कहि देला कि चलले बाड़ें सूरुज के दीया देखावे! सूरुज के सोझा दीया के का बिसात! जेकर आपन किरिन से दिन के उजास होला, ओकरा सोझा माटी के दीया के लौ के का मोल! एह कहाउत में व्यंग्य बा, उपहास बा आ आदमी के आपन सीमा बूझे के सीखो बा। बाकिर छठ घाट पर पहुँचते एह कहाउत के माने बदल जाला। सूरुजो उहे, दीयो उहे आ आदमीओ उहे। फरक एतने बा कि इहाँ दीया देखावे वाला आपन सामर्थ देखावे नइखे आइल। ऊ सूरुज के आपन अंजोर बतावे नइखे आइल। ऊ त अपना छोटहन घर-गिरहस्ती के एगो दियरी लेके ओह विराट सत्ता के सोझा आइल बा, जेकरा बिना ओकर खेत में अनाज ना होई, अंगना में तुलसी भी झुरा जइहें, नदी के पानी ना चमके आ धरती पर जिनगी के गति थथम जाई। कहाउत के व्यंग्य इहाँ आके नेह आ निष्ठा में बदल जाला। लोक के ईहे त खूबी ह। ऊ एके चीज के परिस्थिति आ भाव के हिसाब से अलग-अलग माने दे सकेला। छठ के कलसूप में रखल दीया के देखीं। बाँस के सूप में फल बा, ठेकुआ बा, कसार बा, ऊख बा, मूरई, शरीफा, अनरसा, नारियल बा आ एह सभे के बीच एगो छोटहन दीया भी बा। सूरुज के सोझा दीया के लौ केतना छोट बा! सूरुज के तेज ओकरा से अनगिनत गुना अधिक बा। तबो व्रती ऊ दीया लेके पानी के तीरे खड़ा होला। ओकरा मालूम बा कि ओकर ई लौ सूरुज के अंजोर में कुछो ना जोड़ सके। ओकर एह छोटहन उपक्रम से सूरुज के कवनो काम बने वाला नइखे। त फेर ऊ अइसन काहे करेला? एह सवाल के जवाब तर्क से अधिक लोक के रहन-सहन आ व्यवहार में मिलेला। आदमी जेकरा प्रति कृतज्ञ होला, ओकरा सोझा अपना घर के सबसे प्रिय चीज लेके जाला। बेटी बिदा होखेले त माई ओकरा हाथ में कुछ ना कुछ जरूर थमावेली। घर में पाहुन आवेला त गृहस्थ अपना सामर्थ के हिसाब से ओकरा खातिर पानी आ बइठे के आसन जुटावेला। देवता के सोझा दीया जरावल भी एही नेह-छोह भरल व्यवहार के विस्तार ह। उहाँ चढ़ावे के चीज के मोल ओकर आकार भा कीमत से ना आँकल जाला। ओकर मोल त ओह भाव में होला, जेकरा साथे ऊ चढ़ावल जाला। सूरुज के दीया देखावल एही लोकाचार के एगो रूप ह। ई सूरुज के अंजोर देवे के उपक्रम नइखे, अपना घर के लौ ओकरा सोझा धरे के संस्कार ह। आदमी अपना छोटहन दुनिया से जेतना कुछ जुटा सकेला, ओतने लेके प्रकृति के ओह विराट रूप के सोझा हाजिर होला। ओकरा लगे सोना-चानी के धन-दौलत होखे भा माटी के एगो साधारण दीया, चढ़ावे के भाव दुनो में एके जइसन हो सकेला। लोक के नजर में समर्पण के महत्ता चढ़ावल चीज के दाम से ना, ओकरा पीछे लागल मन से तय होला। भारतीय परंपरा में दीप के विधान बहुत पुरान बा। वैदिक साहित्य में अग्नि के देवता लोग ले हवन के आहुति पहुँचावे वाला माध्यम मानल गइल बा। यज्ञ में भी अग्नि के उपस्थिति बा आ गृहस्थ के रोजमर्रा के जिनगी में भी। आगे चलके पूजा-पाठ, देवालय आ संस्कार में दीपदान आ दीप-अराधना के तरह-तरह के विधान विकसित भइल। दीया जरावल मंगल के सूचक बनल। तमस से अंजोर के ओर बढ़े के प्रार्थना में भी अंजोर के इहे सांस्कृतिक भाव समाइल बा। परंपरा के एह अलग-अलग रूप में दीया आदमी आ देवत्व के बीच नेह के संबंध के माध्यम बनल रहल बा। छठ में एह दीया के आपन लोक-संदर्भ बा। इहाँ पूजा के केंद्र में सूरुज बाड़ें, बाकिर सूरुज अकेले नइखन। उनका साथे पानी बा, धरती बा, अन्न बा, फल बा, बनस्पति के उपज बा आ आदमी के मेहनत बा। बाँस के सूपो प्रकृति के देन ह। ओकरा में रखल फल खेत आ बगइचा से आइल बा। ऊख में धरती के रस बा। ठेकुआ में घर के रसोई, गेहूँ के आटा, गुड़ आ घी के मेल बा। दीया में माटी, तेल आ बाती के सहयोग बा। एह तरह कलसूप अपना भीतर प्रकृति आ गृहस्थी के आपसी संबंध के एगो छोटहन संसार समेटले रहेला। व्रती जब एकरा सूरुज के सोझा उठावेली, त अपना जिनगी के आधार बनल एह सभे चीज के भी परनाम करेली। एह प्रसंग में एगो अउरी बात धियान देवे जोग बा। छठ में डूबत सूरुज के भी अरघ दिहल जाला आ उगत सूरुज के भी। लोक के ई नजरिया बड़ उदार बा। ऊ सूरुज के चढ़ाव आ उतार, दुनो के स्वीकार करेला। डूबत सूरुज के प्रति ओतने नेह आ आदर बा, जतना उगत सूरुज के प्रति। जिनगी में हासिल भइल उपलब्धि के सराहल सहज होला, बाकिर जे जिनगी ढलान पर बा, ओकरो मान राखल लोक के आपन समझ ह। सूरुज के सोझा दीया देखावे के ई क्रिया एही विनम्रता के एगो छोटहन रूप देखावेला। दीया के लौ अपना जगह बा आ सूरुज अपना जगह। दुनो के बीच कवनो होड़ नइखे। आदमी के जिनगी में भी अइसन मौका आवेला, जब ऊ अपना सामर्थ के हिसाब लगवले बिना कुछ अर्पित करे चाहेला। लइका के हाथ में फूल होखे त ऊ अपना माई के दे देला। ओह फूल से माई के धन-दौलत ना बढ़े, बाकिर लइका के मन में जे देवे के उमंग बा, ऊ फूल के अनमोल बना देला। छठ के दीया भी कुछ अइसने ह। ऊ सूरुज के काम आवे वाला चीज नइखे, आदमी के कृतज्ञता के एगो नेवता ह। ओकर छोटहन लौ में आदमी आपन मौजूदगी जतावेला। जइसे कहत होखे कि रउआ दिहल जिनगी में हमरो एगो छोटहन घर बा आ ओह घर में रउआ प्रति आदर के ई दीया जरत बा। लोक के भाषा में सूरुज के दीया देखावल भले बेकार के काम के पर्याय बन गइल होखे, बाकिर लोक के अनुष्ठान में उहे काम एगो सुंदर माने पा जाला। कहाउत आदमी के घमंड पर चोट करेला, छठ के दीया ओकर घमंड उतार देला। कहाउत में आदमी आपन सामर्थ देखावे निकलल रहेला, अनुष्ठान में आपन लघुता स्वीकार करे आवेला। उहाँ ऊ सूरुज के कुछ सिखावे ना, उनुका से जिनगी के नाता निभावे आवेला। एही से छठ के घाट पर कलसूप में रखल दीया एतना सहज आ सुंदर लागेला। ओकरा देख के सूरुज के विराट रूप के बोध होला, त आदमी के छोटहन अर्पण के गरिमा भी समझ में आवेला। लोक जानत बा कि सूरुज के दीया के कवनो जरूरत नइखे, तबो ऊ दीया लेके पहुँचेला। काहे कि हर अर्पण पावे वाला के जरूरत पूरा करे खातिर ना होला। कुछ अर्पण त देवे वाला के मन के नेह-नियम होला। सूरुज के दीया देखावे के कहाउत आ छठ के दीया के बीच एही अंतर लोक के एगो बड़ सांस्कृतिक सीख ह। एक ओर ई कहाउत हमनी के आपन सीमा पहचाने के सीख देला, त दोसरा ओर ओही सीमा में रहके नेह आ कृतज्ञता जतावे के अवसर देला। सूरुज के अंजोर पूरा संसार खातिर बा, दीया के लौ, कृतज्ञता के निशानी ह। विराट के सोझा लघु के ई अरपन लोक के सहज सुंदरता ह।
4
5
240
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
जय हो छठ माई 🙏🙏 #chhathpooja #chhathimaiya #chhath
4
10
309
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
खरना ( छठ पूजा के दुसरा दिन) छठ पूजा के दुसरका दिन 'खरना' कहाला। आज सांझि खा खरना के परसादी यानि कि खीर आ रोटी के भोग लागी, एहि परसादी के छठ व्रती लो खाई लो। एह परसाद लेहला के बाद 36 घंटा के निर्जला व्रत के शुरुवात होइ। कातिक के पचमी के दिने खरना होला। छठ व्रती लो के आखर परिवार के ओर से सकल भोजपुरिया समाज के ओर से सादर प्रनाम ।
7
18
386
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
बहँगी में बसल बा लोक के पूरा संसार - देवेंद्र एन तिवारी लरिकाइये से छठ देखत आइल बानी। अब खुद छठ करेनी। हर बरिस कातिक के महीना आवेला आ घर-अंगना के दिनचरिया बदल जाला। अबकी छठ होई। छठ माई के नेवतल जाला। फिर छठ के तइयारी सुरू होते मन में एगो सवाल उठेला कि लोक, आपन आस्था के केतना जतन से सहेजले बा। एह परब में कुछुओ ऊपर से ओढ़ल-पहिरल नइखे। हर चीज के आपन विधान बा। हर काम के पाछे पुरनियन के अनुभव आ समझ छिपल बा। हर विधि के संगे कवनो गीत जुड़ल बा। नेह-निष्ठा में कवनो देखावा नइखे। कवनो बनावट नइखे। जवन बा, अपना खाँटी रूप में बा। दशहरा बीत गइल। दियरी के परबो बीत गइल। कातिक के एकम आइल कि घर के तइयारी सुरू हो गइल। भिनसहरे लोग गंगा जी के किनारे जाए लागेला। उहाँ से माटी ले आवेला। घर के आँगन में माटी के चूल्हा पारल जाला। ओकरा के सूखे खातिर छोड़ दिहल जाला। फेर डेहरी के पारी आवेला। बरिस भर खातिर सहेज के रखल गेहूँ निकालल जाला। घर के मेहरारू लोग सूप उठावेली। गेहूँ फटकल जाला। आखल जाला। एक-एक कंकड़, तिनका आ गंदगी चुन के अलग कइल जाला। फेर गेहूँ धोवल जाला। धूप में सुखावल जाला। एह सगरी काम के संगे-संगे गीत उठत रहेला। सुग्गा के संबोधित करत ऊ गीतो सुनाई पड़ेला, ‘मरबो से सुगवा, धनुख से, जो रे गेहूँ दियो जूठिया…।’ गीत में एगो सुग्गा बा। गेहूँ बा आ ओह अन्न के पवितरता बचवले रखे के चिंता बा। ई चिंता कवनो एक घर के नइखे। पूरा लोक के बा। अब नहाय-खाय के दिन आ गइल। गंगा स्नान के बाद व्रती (परवइतिन) अरवा चाउर के भात, चना के दाल, अजका-बजका आ लौकी के तरकारी खाले। खाए-पीए में सादगी। साधना खातिर मन आ शरीर के तैयारी बदे, इ भोजन जरूरी बा। रसोई बनावे में पूरा सावधानी बरतल जाला। घर के जाँता धो-पोंछ के सुखा दिहल गइल बा। चौका लीप दिहल गइल बा। अब ओही जाँता पर छठ के गेहूँ पीसल जाई। आटा तइयार होई। चूल्हा खातिर आम के लकड़ी जुटावल जाई। एह काम में कवनो दोसर लकड़ी के इस्तेमाल ना होई। हर चीज के चुनाव में पुरनियन के चलावल परिपाटी बा। ओह परिपाटी के पीछे उनकर अनुभव आ जीवन-बोध बा। फेर खरना आवेला। घर में चूल्हा तइयार बा। पितरिया कराही चढ़ गइल बा। साँझ के पूजा होला। धूप-हुमाद देखावल जाला। केरा के पात पर रोटी, साठी के चाउर के खीर आ केला के प्रसाद सजावल जाला। पहिले व्रती प्रसाद ग्रहण करेली। फेर पूरा परिवार ओही प्रसाद के आदर से खाला। एही के संगे निर्जला व्रत सुरू हो जाला। घर में एगो अलग किसिम के अनुशासन उतर आवेला। रसोई से लेके आँगन तक हर आदमी आपन जिम्मेदारी समझेला। केहू लकड़ी जुटावेला, केहू बरतन धोवेला, त केहू प्रसाद बनावे में हाथ बँटावेला। घर के काम सबके काम हो जाला। खरना के बाद ठेकुआ बनावे के तइयारी सुरू हो जाले। चौका में पितरिया कराही चढ़ेला। आटा सानल जाला। ठेकुआ के साँचा निकालल जाला। आम के लकड़ी पर प्रसाद छानल जाला। एह बीच गीतन के एगो पूरा संसार खुल जाला। गीत गावत हाथ चलत रहेला। केहू एगो पाँति उठावेला, बाकी मेहरारू लोग ओह पाँति के दुहरावेली। एह तरह गीत घर के काम में घुल-मिल जालें। ऊ पूजा के तइयारी से अलग कवनो मनोरंजन नइखन। पूजा के विधि के हिस्सा बाड़ें। अब साँझ के अरघ के बेरा आ गइल। पहिले खेत से ऊँख आवत रहे। अब गन्ना के खेती कम हो गइल बा त छठ खातिर अस्थायी बाजार सजे लागल बा। लोग उहँओ निखहरे पाँव जाएला। दउरा आ बहँगी खातिर सामान जुटावेला। केला, शरीफा, काँच हरदी, अदरक, घुइयाँ, सिंघाड़ा, डठगर पान, अलता, पियरका सेनुर, सुपारी, बोड़ो, मूली, काँच केला, नारियल, अनारस, सेव, नारंगी, नींबू, गागल आ केरा के घवद। बाँस के सूपो आवेला। काँच बाँस के बहंगी भी। मय सामान घरे आ जाला त फेर से धोवल जाला। एक-एक चीज के जतन से दउरा में सजावल जाला। इहाँ सजावे के मतलब देखावा नइखे। ई धरती के देन के प्रति कृतज्ञता जतावे के लोकरीति ह। धरती जवन देले बिया, ओही के लेके मनई अपना आराध्य के सोझा हाजिर होला। पुरा लेख पढीं - m.facebook.com/story.php?sto…
7
13
314
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के व्याकरण/ छठ पूजा के ग्रामर । आखिर छठ पूजा के गीतन के का महता बा ! सुनी एह छठ गीतन के ! youtube.com/live/CV6w4YCbdW0…
1
3
169
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छूट गइल माई क अचरा, छूटल गांव सिवान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। कहे के बा की गांव के माटी से अन धन बरसेला। महंगी बा एतना की अब, ओसे ना पेट भरेला। पइसा जब भेजब तब जीयल ऊँहा होई आसान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। उठल भीत बा घर के लेकिन, छत बा ओकर बाकी। दुअरा पर पानी लागे ला, गईयन के बा टाटी। खटब शहर में तबे जुटाइब, लिंटर के सामान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। घर में बा बिजली सबके पर मन में अन्हरिया छाइल। जाने काहें सुरसा जइसन दुख सबके बढ़िआइल। सूद क पइसा भेजत रहिया कहले बा परधान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। माई कहे ले बाबू हमरा मूड़ी रोज पीराला। मेहरारू के खटनी कई कई देहियाँ रोज खियाला। दूर देश से परिवरवा क पइसा राखे ध्यान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। श्वेता राय
4
6
215
छठ खाली काँच ही बाँस के बहँगियाँ तक सीमित नइखे। एहिजा हर विधि के आपन गीत बा। गेहूँ फटके के अलग, प्रसाद बनावे के अलग, बहँगी उठावे के अलग, साँझ के अरघ के अलग, कोसी भरे के अलग आ भोरहरिया अरघ के अलग। ई गीत पूजा के बीच बजावे वाला गीत नइखन। ई पूजा के विधि के संगे-संगे चले वाला गीत हउवें। जइसे मंत्रोच्चार आ आरती के बिना कवनो पूजा अधूरा लागेला, ओइसहीं छठ के अनुष्ठान में एह लोकगीतन के आपन खास जगह बा। एह गीतन के गुनगुनावल भर काफी नइखे। इनकर भाव आ प्रसंगो समझल जरूरी बा। ई मेहरारू लोग के स्मृति में बसल लोकमंत्र हउवें। पीढ़ी-दर-पीढ़ी एही गीतन के सहारे छठ के विधि अगिला पीढ़ी तक पहुँचत रहल बा। @chandanfolk के 19 छठ गीत (लोक मंत्र कहल ठीक रही) पर एह सीरीज ‘ग्रामर ऑफ छठ गीत’ के सुनी, गुनगुनाईं… छठ मइया सहाय होखसु… जय छठ मइया youtube.com/live/CV6w4YCbdW0…
3
2
66
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के व्याकरण/ छठ पूजा के ग्रामर । आखिर छठ पूजा के गीतन के का महता बा ! सुनी एह छठ गीतन के ! youtube.com/live/CV6w4YCbdW0…
4
5
215
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
पिछला कुछ साल से छठ पूजा के बेर एगो आवाज के इंतजार अब आदत बन गइल बा । आज उहां के आवाज में छठ गीत आइल बा । बाजार के एह आपाधापी से परे, नेम से पत साल छठ गीतन के अनमोल धरोहर में कुछ नग कुछ मोती जोहि के सोझा राखेनी Smita Rajan जी ! इहां के आवाज में असो के गीत सुनल जाउ - youtu.be/fVsox14tKzI?si=5dPI…
2
3
207
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
लोक आस्था और सूर्य उपासना के चार दिवसीय पावन अनुष्ठान महापर्व छठ के शुभारंभ पर सभी देशवासियों को हार्दिक शुभकामनाएँ। आज नहाय-खाय है। सभी व्रतियों को मेरा नमन। सबको छठी मइया का आशीर्वाद मिले, यही कामना है।
686
3,938
104
23,280
3,282,330
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के तइयारी आ एह तइयारी के संगे गवाए वाला गीतन के भाव… छठ माई के नेवता देहला के बाद अब तइयारी के अगिला डेग अंगउ गंहूम के धोवे सुखावे पीसे के तइयारी ! youtu.be/-za6m0PlYXs?si=JxsQ…
3
13
368
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
आखिर का हऽ ‘चउमुख दियना’ - देवेन्द्र नाथ तिवारी छठ के गीतन में एगो बात बार-बार मन के छू जाले। ‘चउमुख दियना’। दू गो शब्द, बाकिर एहमें समाइल संसार केतना बड़ बा! माटी के पात्र, चार गो बाती आ चारो ओर फइलत लौ। देखे में तऽ इ पूजा के एगो साधारण सामान हऽ, बाकिर लोक के कल्पना में एकर अरथ एतने भर नइखे। लोक अपना छोट-छोट चीज-बतियन में पूरा संसार के समेट लेला। नदी, खेत, अकास, सूरज, घर-परिवार आ पुरखन के स्मृति, सब कुछ ओकरा जीवन-बोध के हिस्सा हऽ। चउमुख दियना के चारो मुख में भी लोक के एही व्यापक दृष्टि के झलकि मिलेला। हमनी के लोक में दर्शन पोथी-पतरा तक सीमित नइखे। ऊ चूल्हा के आँच में बा, खेत के मेड़ पर बा, इनार के पानी में बा आ अंगना के तुलसी चौरा में भी। सोहर, कजरी आ छठ के गीतन में जीवन के अनुभव, प्रकृति के प्रति नेह आ पुरान संस्कार एक-दूसरा में घुलल-मिलल मिलेलें। एहिजे लोक के सृजनशीलता के असल पहचान बा। ऊ गूढ़ बात के सहज प्रतीक में ढार देला। चउमुख दियना अइसने एगो प्रतीक हऽ। भारतीय चिंतन में चार के अंक के खास महत्त्व बा। चार दिशा, चार पुरुषार्थ, चार वेद आ चार आश्रम। सबसे पहिले दिशा के बात। पूरुब, पच्छिम, उत्तर आ दक्खिन। आदमी के आवागमन, ओकर बसावट आ संसार के बोध एही चार दिशा से बनत बा। पूरुब में सूरज उगेला, पच्छिम में डूबेला। छठ के परब में दुनो रूप के समान आदर मिलेला। उगत सूरज के अरघ देबे के परंपरा तऽ बटले बा, डूबत सूरज के सामने भी व्रती ओतने श्रद्धा से माथ नवावेली। लोक के इ भाव-बोध बड़ अर्थवान बा। ओकरा नजर में जीवन के उदय आ अवसान, दुनो के आपन गरिमा बा। चउमुख दियना के चारो ओर फइलत लौ मानो चारो दिशा के अपना नेह में समेट लेत होखे। चार पुरुषार्थ के प्रसंग में चउमुख दियना के एगो अउरी अर्थ खुलता। धर्म, अर्थ, काम आ मोक्ष। भारतीय जीवन-दृष्टि एह चारो के जिनगी के जरूरी आधार मानले बिया। धर्म से मरजादा मिलेला, अर्थ से जिनगी के निर्वाह होला, काम से नेह आ रस बनल रहेला आ मोक्ष से बंधनमुक्ति के आकांक्षा। लोक के आदमी एह चारो के अपना रोजमर्रा के जीवन में जीयेला। खेत में मेहनत, परिवार के परवरिश, पड़ोसी के दुख में साझेदारी आ जरूरतमंद के सहायता, इ सब ओकर धर्म के सहज रूप हऽ। ओकरा खातिर अर्थ मेहनत से उपजल अन्न हऽ, काम नेह-पिरित आ मोक्ष अपना स्वार्थ से ऊपर उठे के चाह। एह तरह चार पुरुषार्थ कवनो दूर के दार्शनिक कल्पना ना रह जालें, जिनगी के व्यवहार में उतर आवेलें। चार वेद के इयाद भी एह प्रसंग में स्वाभाविक बा। ऋग्वेद, यजुर्वेद, सामवेद आ अथर्ववेद। भारतीय ज्ञान-परंपरा के एह चारो धारा में प्रकृति, यज्ञ, संगीत, औषधि आ मनुष्य के जीवन से जुड़ल अनेक प्रसंग बा। सामवेद के संगीत-परंपरा के याद आवते छठ के गीत कान में गूँजे लागेलें। खेत में काम करत मेहरारू के कंठ से उठल गीत, घाट पर समूह में गावल जात अरज आ पीढ़ी-दर-पीढ़ी चलत धुन, इ सब लोक के सांगीतिक विरासत ह। एह गीतन के कवनो लिखित विधान के जरूरत ना पड़ल। माइ से बेटी, सास से बहू आ एगो पीढ़ी से दोसरा पीढ़ी तक इ धरोहर सहज रूप से चहुँचत रहल। चउमुख दियना के चारो मुख में चार वेद के कल्पना एह शास्त्रीय परंपरा आ लोक-संस्कृति के बीच एगो सुंदर साम्य रचेला। चार आश्रम, ब्रह्मचर्य, गृहस्थ, वानप्रस्थ आ संन्यास, जीवन के चार पड़ाव के बोध करावेलें। बालपन के सीख, गृहस्थी के जिम्मेदारी, सांसारिक कामना से क्रमशः विरक्ति आ अंततः साधना के राह। छठ के परब में एह पीढ़ीगत परंपरा के जीवंत रूप देखे के मिलेला। घर के बुजुर्ग मेहरारू व्रत के नेम बतावेली, बहू ओकरा निभावेली आ लइका लोग देखत-देखत रीति-रिवाज सीखेला। एह तरह परंपरा के किताब में ना, घर-अंगना के व्यवहार में अगिला पीढ़ी तक पहुँचावल जाला। बाकिर चउमुख दियना के अर्थ खाली एह चार सांस्कृतिक अवधारणा तक सीमित नइखे। ओकरा बनावे आ जरावे में जे लोकजीवन जुड़ल बा, ऊ भी कम महत्त्व के नइखे। माटी के दीया कुम्हार के हाथ से बन के आवेला। ओकरा में डाले वाला तेल खेती से मिलेला, बाती कपास से बनेले आ ओकरा जरावे वाला घर के केहू सदस्य होला। एगो छोटहन दीया में धरती, खेती, शिल्प आ श्रम के एतना सहज मेल बा। छठ के अनुष्ठान एह मेल के अउरी व्यापक बना देला। बाँस के सूप, माटी के चूल्हा, गन्ना, नारियल, केला आ फल-फूल, सब प्रकृति आ मनुष्य के साझेदारी के प्रमाण ह। पुरा पढीं आखर प - facebook.com/share/p/1Cggd8f…
4
7
240
कार्तिक की अमावस बीत गई है। दीपावली के बाद की सुबह है। रात के पटाखे थम चुके हैं। हवा में अब भी बारूद की गंध है। रात भर की आतिशबाजी से घरों के पालतू पशु और चिरई-चुरुंग कितने सहमे होंगे, यह गाँव का संवेदनशील मनई समझ सकता है। भोर में माई उठ गई हैं। आँगन बुहारने और दल्लीदर खेदने के बाद अब घारी की ओर गई हैं। पूरब में लालिमा उभर रही है। गइया रँभा रही है। बछिया अपनी माँ के पास जाने के लिए पगहा ताने हुए है। बैल नाद के पास खड़े हैं। आज माई को इनके लिए कुछ खास करना है। पगहे बदले जाएँगे। नाद साफ होगा। सिर पर कडुआ तेल मला जाएगा। माथे पर सिंदूर का टीका लगेगा। सींगों पर गेर चढ़ेगा। गले में नई घंटियाँ पड़ेंगी। खाने के लिए गुड़, रसियाव और दलही पूड़ी मिलेगी। आज परुआ है। हमारे भोजपुरी अंचल का नया साल। हमारे भोजपुरी अंचल में नए साल का पहला दिन कुछ इस तरह शुरू होता है। घर के लोगों के साथ ‘घारी’ और ‘बथान’ की भी सुधि ली जाती है। जिन पशुओं के श्रम से साल भर खेतों में अन्न उपजता है। घर- गृहस्थी चलती है। उनके हिस्से भी आज का उत्सव आता है। उन्हें काम से छुट्टी मिलती है। मनुष्य अपने इन मूक सहकारियों के प्रति कृतज्ञता प्रकट करता है। परुआ की इस छोटी-सी रस्म में पुरबिया कृषि संस्कृति का जीवनबोध छिपा है। गंगा, सरयू, गंडक और राप्ती से सिंचित यह भूभाग सदियों से खेती-किसानी की संस्कृति का संवाहक रहा है। यहाँ खेती आजीविका का साधन भर नहीं, जीवन की पूरी व्यवस्था थी। खेत, खलिहान, घर, परिवार, मौसम, मेले और त्योहार, सबकी अपनी जगह थी। इस व्यवस्था में पशुधन का महत्त्व मनुष्य के जीवन से अलग करके नहीं देखा जा सकता था। गाय दूध देती थी। बैल खेत जोतते थे। भैंस परिवार की जरूरतें पूरी करती थी और गोबर खेतों की उर्वरता बढ़ाता था। पशु किसान की संपत्ति जरूर थे। पर उनके साथ उसका संबंध मालिक और संपत्ति का नहीं था। उनके नाम होते थे। उनकी आदतें पहचानी जाती थीं। उनके बीमार पड़ने पर घर के लोगों की चिंता बढ़ जाती थी। वे गृहस्थी के सदस्य थे। परुआ इसी आत्मीय संबंध का सालाना उत्सव है। इस दिन पशुओं के पगहे बदले जाते हैं। नाद साफ होता है। घारी, गौशाला और बथान में चूना छींटा जाता है। उनके सिर पर तेल, माथे पर सिंदूर और सींगों पर गेर सजता है। गले में नई घंटियाँ और घुँघरुओं की माला पड़ती है। गुड़, रसियाव और दलही पूड़ी खिलाकर उन्हें दिन भर के लिए काम से छुट्टी दे दी जाती है। किसान इस दिन अपने श्रम के साझेदारों के प्रति आभार प्रकट करता है। जिनके श्रम से अन्न उपजता है, उनके हिस्से भी एक दिन का उत्सव और विश्राम होना चाहिए। यह खेती के लंबे अनुभव से उपजा लोकविवेक है। परुआ के दिन पुरबिया अंचल में खेती-किसानी का कोई काम नहीं होता। हल-बैल विश्राम करते हैं और घर के लोग भी रोजमर्रा के काम से छुट्टी लेते हैं। इस पर्व में श्रम के साथ विश्राम की भी एक मर्यादा तय की गई है। धरती से अन्न लेने वाला किसान जानता था कि पशुओं से काम लेने की भी एक सीमा है। उनके श्रम का मान करना और उन्हें विश्राम देना उसकी जिम्मेदारी है। संभव है, परुआ के नाम में भी इस विश्राम का कोई लोकसंबंध हो। पुरबिया बोली में पड़े रहने का भाव आराम करने से जुड़ता है। bhojpuri24.com/parua-purbiya…
2
2
87
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
आज से छठ पूजा के तैयारी शुरू होई ! एह पूजा के शुरुआत छठ माई आ प्रकृति के नेवते से शुरू होला ! सुनल जाउ एह गीत के - youtu.be/qDEzTEHScAw?si=AgMK…
2
3
12
505
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
आखर परिवार के ओर से दिअरी - बाती के एह पावन तेवहार प खूब बधाई आ शुभकामना.... सभका जिनगी में अँजोर बनल रहे, सब लोग खुश रहे स्वस्थ रहे जिंदाबाद रहे, भोजपुरी भाषा, समाज, क्षेत्र, भारत देस आ संवसे सृष्टि के विकास होखे, सही तरीका से आगे परी डेग बढ़त रहे, बस इहे कामना बा... भोजपुरी भाषा खातिर भोजपुरिया लो अँजोर बनो आ अन्हार के चहेट के भगा देउ बस इहे चाहीं असो के दिवाली प..
2
9
221
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
शुभ दिवाली ! दिअरी-बाती के खुब बधाई । भोजपुरिया इलाका में दिवाली से पहिले साफ-सफाई , रंगाई-पुताई के बाद दीवाल पर चित्रकारी कइल जाला । घरौंदा बनावल जाला । देवी देवता लो के तरह तरह के रंग से देवाल पर उकेरल जाला । ई कला आज बिलम रहल बा । दिवाली के दिन माई लक्ष्मी के पूजा उनकर तीन रूप महालक्ष्मी, महाकाली आ महासरस्वती में कइल जाला । दिवाली के एगो आउर रूप ह काली पूजा । असम, बंगाल, ओड़िसा आ मिथिला क्षेत्र में ई श्यामा पूजा आ महानिशा पूजा कहला । आखर परिवार आ ओर से रउवा सभे के दिवाली के अनघा शुभकामना आ बधाई बा । फोटो में - 1- काली माई के पेंटिंग भोजपुरिया भित्ती कला में 2- भगवान गनेश आ लछिमी माई के पेंटिंग भोजपुरिया भित्ती कला में 3- भगवान राम के अयोध्या वापसी , सरजू जी में नाई प भगवान राम लखन जी सीता माई आ हनुमान जी के भोजपुरिया भित्ती कला में पेंटिंग चित्र / पेंटिंग साभार - संजीव सिन्हा लेख / कंटेंट - शशी रंजन मिश्र
3
15
420